सपना बुझाला जहान
रसे रसे रोवे परान
ये भइया, सपना बुझाला जहान
होला जनम तब बाजेला बधइया
बाबूजी सनेह आ प्यार देली मइया
पढ़ेला लोग फेरू पावेला नोकरी
देश आ विदेश, गाँव घूमेला सगरी
होला बिआह फेरू होखेला गवना
बचपन, जवानी भइल जाला सपना
बचे ना कवनो निशान-
ये भइया, सपना बुझाला जहान
केहू ना जाने कि आगे का होई
सुख मिली केकरा आ के बस रोई
कइसे ऊ कटी बुढ़ौती के रतिया
पार लागी जिनिगी कि होई दुरगतिया
बेटा आ बेटी लो जानी ना जानी
का जाने पूछी कि ना केहू पानी
का जाने कइसन विधान-
ये भइया, सपना बुझाला जहान
– आकाश महेशपुरी
दिनांक- 15/02/2006