Sahityapedia
Sign in
Home
Search
Dashboard
Notifications
Settings
3 Jul 2021 · 5 min read

सखी

खेदारू के बिआह फूला संघे बड़ी धूमधाम से भइल। बिदाई के बेरा फूला के माई-बाप, भाई-भउजाई, चाचा-चाची सभे उदास रहे। फूला के सखी चमेलियो कम उदास ना रहली, बाकिर केहू का करित, बेटी के त एक दिन बहुरिया बनहिं के परेला। फूला के अकवारी में भर के चमेली एतना लोर बहवली कि भादवो सरमा गइल। भदवारी में त बरखा के बाद आसमान साफ हो जाला, बाकिर चमेली के आँखियन से ना बरखा ओरात रहे ना बादर।
बिदाई भइल, नवसे आ उनके घर के सभे बहुत निहाल रहे। येने कार में बहुरिया के साथे नवसे प्रेम रस में नहात रहलन, त ओने घर के मेहरारू समाज बहुरिया के इन्तजार में नाचत गावत रहे।
बाकिर भगवान जी के मरज़ी के का कहल जा! ऊहाँ के त कुछ अउरिए मंजूर रहे! बड़ी जोर आन्ही आइल, सड़क के दूनू बगल रहे बड़े बड़े पेड़, बीचे बीचे निकसत रहे बरातिन के काफिला। अचानक एगो पेड़ गिरल, टेक्सी में बइठल खेदारू के बाबू जी घाही हो गइलन। अब का होखो सभे उनके ले के अस्पताल पहुँचल।
डाक्टर कहलन कि “गहीर चोट लागल बा, आपरेशन करे के पड़ी कम से कम पचास हजार के इन्तजाम करीं लोगिन।”
घरे त फूटल कउड़ी ना रहे, कहाँ से आइत पचास हजार! बड़ी धावला के बाद नेउर सेठ बियाज पर रूपया देबे के तइयार हो गइलन।
शंकर के चीर-फार, दवा-दारू भइल, कुछ दिन में ऊ त ठीक हो गइलन। बाकिर पचास हजार के करजा कवनो रोग से कम त ना रहे। खेदारू बेचारू का करतें! किरिया खा लिहलन कि ” जबले हम करजा ना चुकाइब अपना मेहरारू से देहिं ना छुआइब।”
खेदारू कमाये दिल्ली जात रहलन, उनकर मेहरारू बहुते उदास रहली। करिया बादर घेरले होखे, धान पानी बिन सूखत होखे, आन्ही आवे आ बादर उधिआ जा, बुनियो ना परे त डरेरा पर आस में बइठल किसान के जइसल बुझाला, कुछ अइसने बुझाईल फूला के। उनकी अँखियन से लोर झरे लागल।
खेदारू के जाते फूला के रोज ताना मिले लागल। “ये कुलच्छनी के आवते घर भिला गइल। ई मरियो जाइत त करेजा जुड़ाइत।” अउरियो का जाने कवन कवन ताना सुत-उठ के मिले, बाकि फूला ये कान से सुनस आ ओ कान से निकाल देस। कबो हिया में ना जोगावस कवनो बाति।
खेदारू वैल्डिंग के काम सीख लीहले रहलन। महीना में दस-एगारे हजार बनिये जात रहे, हर महीना एक-दू हजार भेजियो देत रहलन। एहीतरे तीन साल बीत गइल।
खेदारू नगदे पइसा कमा लिहलें रहलन। सोचलें “अब घरे चले के चाहीं, आखिर बिअजियो त बढ़ते जाता। आ फूला! ऊ त हमके एको छन ना बिसारत होइहन, हमके देखते केतना निहाल हो जइहें।”
खेदारू सब समान सरिअवलें आ भिनसारे वाला गाड़ी पकड़ लिहलन, बाकिर ऊ का जानत रहलन कि उनका पीछे एगो हरीफ लागल बा। खेदारू हरिफवा के बड़ा सरीफ समझलन आ अपना लगे बइठा लिहलन।
“ये भाई! कहाँ जायेक बा? आ तहार नाव का ह?”
“जायेक बा सिसवनिया आ नाव ह खेदारू। तू कहाँ जइबअ?”
“हमरो त ओनहे चले के बाटे, बाकिर हम गोरखपुरवे में उतर जायेब।”
“बड़ा संजोग ठीक बा ये भाई! कि हमनी के एके ओर जाये के बाटे। ई अलग बात बा कि तू गोरखपुरवे में उतर जइबअ बाकिर उहाँ ले त नीफिकिर हो के चलल जाई। टरेन में चोर-चाइन से बड़ा डर लागेला।”
हरिफवा के त गोटी चम रहे, झट से कहलस “खइनी चलेला भाई?”
“चलेला बाकिर एह बेरा बा नाहीं, अपने लगे से खिआ द।”
हरिफवा खइनी बनवलस, दूनू जानी खाइल लो। उ खइनिया में का जाने का मिला दिहले रहे कि खेदारू अचेत हो गइलन। बाकिर ओकरा कुछउ ना भइल, ओकरा आदत जे रहे चरस खइला के।
हरिफवा त खुश हो गइल, झट से अटइची बदल दिहलस, काहें कि अटइचिया एकदम एके लेखाँ रहे। जब खेदारू के होश आइल त हरिफवा उतर गइल रहे। उनका येह बाति के तनिको शंका ना भइल कि अटइची बदला गइल बा।
खेदारू घरे पहुँचलन त नेउर सेठ तगादा करे आइल रहलन। खेदारू के देखते बोल परलन “का हो शंकर! तहार बेटा त आ गइल कमा के! अब त मिल जाई हमार पइसा!”
“काहें नाहीं मिली? तीन साल बाद कमा के आइल बाड़न, कुछ त ले आइले होइहन!”
“कवनो चिन्ता कइला के गरज नइखे बाबू जी! हम सब इन्तजाम क के आइल बानी।” खेदारू पहिले पाँव छुवलन फेरू मुँह खोललन।
सेठ हिसाब जोरलन त एक लाख से उपरे आइल। खेदारू घर में जा के अटइची खोललन त ओइमें किताब-कापी रहे, पइसा त रहबे ना कइल। खेदारू समझ गइलन कि अटइची बदला गइल बा। अब का होखो, सभे कपारे हाथ ध लिहल। कइसे मिली भिलाइल अटइची! का जाने मुसाफ़िर ईमानदार रहे कि चाई! एके साथे कई गो सवाल गूँजे लागल खेदारू के दिमाग में। बाकिर ई सोच के कि “मेहनत के कमाई ह केहू हजम ना क पाई।” खेदारू सेठ से कह दिहलन कि “राउर पइसा बिहने मिल जाई, अटइची बदला गइल बा, हम पता करे जात बानी, रउवा बिहने आ जाइब।” सेठ ई कहि के चल गइलन कि “बिहने अगर पइसा ना मिली त हम तहार दखिन वाला खेत जोतवा लेब।”
“आज का चोरा के ले आइल बानी, रउवा लाज ना लागेला, हेइसन देहि ले के रोज चोरी करीले। कहिया ले खिआयेब हमके पाप के कमाई?”
“अरे चमेली चोरियो करे में मेहनत लागेला, बुद्धी खपावे के परेला, पसेना झारे के परेला। आज के जमाना में चोरी कइल कवनों पाप नइखे रह गइल। ये घरी त नेता, अधिकारी, सिपाही सभे चोरा रहल बा।”
“बाकिर हम रउवा के ना करे देब। आज से पाप के कमाई खाइल बन्द। रउवा मेहनत से कुछऊ कमा के ले आयेब त उ खइला से देहियो प हेरा चढ़ी आ मनवो खुश रही। जाईं हइ अटइची लौटा के आईं।”
“हम ना लौटा सकीले चोरावल माल।”
“त ठीक बा, मत जाईं। हमहीं जा तानी कहीं ढूब-धस के मर जायेब।”
“का अनाब-सनाब बोलत रहेलू! कवनो पता ठेकान रही तबे नूँ केहू लौटाई!”
चमेली अटइची खोलली त लाखन रूपिया आ खेदारू संघे फूला के फोटो देख के चिहा गइली! “अरे! ई त सखी के अटइची ह!”
“कवन सखी!”
“अरे उहे! जीनके ससूर के एक्सीडेंट हो गइल रहे, ओइदिने जहिया उनकर बिदाई रहे। उनके ससूर के दवाई में ढेर करजा हो गइल रहे, आ खेदारू कसम खइले रहलें कि जबले उ करजा ना चुकइहें तबले अपना मेहरारू से देहिं ना छुअइहें।”
“अच्छा ऊ! जब तहार खुशी येही में बा, त चलअ रूपिया लौटा आइल जा। अब तहरा खुशी से बढ़ के रूपिया नइखे नू!”
चमेली आ मोहन पइसा ले के खेदारू घरे पहुँच गइल लो। खेदारूओ जब पता ना लगा पवलें त हार-पाछ के घरे आ गइलन। घरे मोहन के बइठल देखलें त उनके जीव में जीव परल। फूला से कवनो मेहरारू हँस हँस के बतिआवत रहे आ उनके बाबू जी से मोहन। खेदारू लगे आ गइलन “का हो तू आ गइलअ!”
“हँ ये खेदारू भाई! हमार मेहरारूओ आइल बाड़ी, तहरा औरत के सखी। हमनी के तहार रूपिया लौटावे आइल बानी जान। हमरा से बहुत बड़हन गलती हो गइल। हो सकी त माफ क दिहअ। अब ल हई आपन अमानत! मोहन अटइची खेदारू के दे दिहलन। नेउरो सेठ भनक पा के आ गइलन। सभे एके जघे खड़ा रहे। खेदारू, सेठ के हिसाब दे के करजा से आजाद हो गइलन। नेउर सेठ जाये लगलन त सभे सेठ के ओर देखत रहे। बाकिर खेदारू के ध्यान त फूला पर रहे, उ फूला के गाल पर चिकोटी काट दिहलन, फूला सुसकरली त सभे ताक दिहल। दूनू जाने लजा गइल लो, सब केहू हँस दिहल।

– आकाश महेशपुरी

5 Likes · 665 Views

You may also like these posts

अपनी मानहानि को पैसे में तौलते महान!
अपनी मानहानि को पैसे में तौलते महान!
Dr MusafiR BaithA
"स्टिंग ऑपरेशन"
Dr. Kishan tandon kranti
*कुकर्मी पुजारी*
*कुकर्मी पुजारी*
Dushyant Kumar
और करो नादान तुम , कुदरत से खिलवाड़
और करो नादान तुम , कुदरत से खिलवाड़
RAMESH SHARMA
सनातन धर्म के पुनरुत्थान और आस्था का जन सैलाब
सनातन धर्म के पुनरुत्थान और आस्था का जन सैलाब
Sudhir srivastava
दर्दों का कारवां (कविता)
दर्दों का कारवां (कविता)
Indu Singh
कामना-ऐ-इश्क़...!!
कामना-ऐ-इश्क़...!!
Ravi Betulwala
दोहा
दोहा
जितेन्द्र गहलोत धुम्बड़िया
शुभ प्रभात मित्रो !
शुभ प्रभात मित्रो !
Mahesh Jain 'Jyoti'
*पापी पेट के लिए *
*पापी पेट के लिए *
DR ARUN KUMAR SHASTRI
हे कलमकार
हे कलमकार
sushil sharma
मुतफ़र्रिक़ अश'आर*
मुतफ़र्रिक़ अश'आर*
Dr fauzia Naseem shad
#ਸੱਚ ਕੱਚ ਵਰਗਾ
#ਸੱਚ ਕੱਚ ਵਰਗਾ
वेदप्रकाश लाम्बा लाम्बा जी
"रिश्तों में चतुराई"
Yogendra Chaturwedi
तू रहोगी मेरे घर में मेरे साथ हमें पता है,
तू रहोगी मेरे घर में मेरे साथ हमें पता है,
Dr. Man Mohan Krishna
जीवन के उलझे तार न सुलझाता कोई,
जीवन के उलझे तार न सुलझाता कोई,
Priya princess panwar
धर्मरोष
धर्मरोष
PANKAJ KUMAR TOMAR
तुम्हें दिल में बसाया है धड़कन की तरह,
तुम्हें दिल में बसाया है धड़कन की तरह,
Jyoti Roshni
सुख मिलता है अपनेपन से, भरे हुए परिवार में (गीत )
सुख मिलता है अपनेपन से, भरे हुए परिवार में (गीत )
Ravi Prakash
ग़ज़ल
ग़ज़ल
आर.एस. 'प्रीतम'
था उसे प्यार हमसे
था उसे प्यार हमसे
Swami Ganganiya
कुछ कदम मैं चलूँ, कुछ दूरियां तुम मिटा देना,
कुछ कदम मैं चलूँ, कुछ दूरियां तुम मिटा देना,
Manisha Manjari
Life we love you
Life we love you
Dr Archana Gupta
काफिला
काफिला
लक्ष्मी वर्मा प्रतीक्षा
4582.*पूर्णिका*
4582.*पूर्णिका*
Dr.Khedu Bharti
शेर
शेर
*प्रणय*
सड़कों पर दौड़ रही है मोटर साइकिलें, अनगिनत कार।
सड़कों पर दौड़ रही है मोटर साइकिलें, अनगिनत कार।
Tushar Jagawat
ऐसी दौलत और शोहरत मुझे मुकम्मल हो जाए,
ऐसी दौलत और शोहरत मुझे मुकम्मल हो जाए,
डॉ. शशांक शर्मा "रईस"
नारी नर
नारी नर
लक्ष्मी सिंह
गुंजन राजपूत, मित्रता की मिसाल हो,तुम्हारी मुस्कान में हर दि
गुंजन राजपूत, मित्रता की मिसाल हो,तुम्हारी मुस्कान में हर दि
पूर्वार्थ
Loading...