तऽ लेके चल चली थावे धाम ए सईया
सुनऽ-सुनऽ हमार जान
हमरा बतिया पे दऽ ध्यान
जबसे लईलऽ गवना कराके
कही घुमईलऽ ना हमराके
आरे थावे के सुनली बड़ी नाम ए सईया
तऽ लेके चल चली
तऽ लेके चल चली हमके थावे धाम ए सईया
माई के दर्शन पावते बन जाई सारा काम ए सईया (साथी)
आरे रऊरे संग जाई माई के दर्शन पवती
सुनसान गोदिया में ललना हम पवती
आरे आंगना के किलकरिया करीत नाम ए सईया
तऽ लेके चल चली
तऽ लेके चल चली हमके थावे धाम ए सईया
माई के दर्शन पावते बन जाई सारा काम ए सईया (साथी)
आरे लगन, उपेन्द्र तनी खोलऽ आपन परस
खुलल लॉकडाउन माई के करऽ तनी दरस
आरे दर्शन पावते हो जाई सारा काम ए सईया
तऽ लेके चल चली
तऽ लेके चल चली हमके थावे धाम ए सईया
माई के दर्शन पावते बन जाई सारा काम ए सईया (साथी)
——————०——————
✍️जय लगन कुमार हैप्पी ⛳
बेतिया (बिहार)