लालू बदनाम हो
शेर
सांच के आंच ना ई त किस्सा पुरान बा
सांच बात बा की आज सांच परेशान बा
ए भईया कलजुग के नवका बिधान बा
ओकरे जैकार बा जे बड़का बेईमान बा
मुखड़ा
बेईमान चारु ओरिया ऽऽ बेईमान चारु ओरिया ऽऽ
लालू बदनाम हो ऽऽ बेईमान चारु ओरिया ऽऽ 2
अन्तरा (1)
मुंह देख के जेल होता मुंह देख के बेल हो ऽऽ
आसन शासन के साजिश से चलता सब खेल हो
अरे इंसाफ होखता निलाम चारु ओरिया ऽऽ 2
लालू बदनाम हो ऽऽ बेईमान चारु ओरिया ऽऽ 2
अन्तरा (2)
जे जनता के लड़ावता ऊ वफादार बनल बा ऽऽ
जे जनता के जगावता ऊ गद्दार बनल बा ऽऽ
अरे नफरत के बाटे निज़ाम चारु ओरिया ऽऽ 2
लालू बदनाम हो ऽऽ बेईमान चारु ओरिया ऽऽ 2
अन्तरा (3)
केहू धर्म बेचता त केहू ईमान बेचता ऽऽ
केहू धीरे धीरे पुरा हिन्दुस्तान बेचता ऽऽ
अरे सांच कहला पर कटता जुबान चारु ओरिया ऽऽ 2
लालू बदनाम हो ऽऽ बेईमान चारु ओरिया ऽऽ 2
Geetkar Sanjeev Mitra Shekhar Chandra Mitra #सामाजिक_क्रांति #बहुजन_नायक #Bihar #सिनेमा #हक़ #socialjustice #RJD #lyricist #bhojpuri #पिछड़ा