भगतसिंह के चिट्ठी
सरदार भगतसिंह के
पहुंचे ई पाती
आख़िर केकरा खातिर
चढ़लअ तू फांसी…
(१)
चहनी जब शिक्षा
पवनी हो जेलवा
मंंगनी जब नोकरी
खइनी हम लाठी…
(२)
देश के इज़्ज़तिया
नीलाम कइले
मिल-जुलके हो
खादी औरी खाकी…
(३)
आज़ाद भारत के
तोहार सपनवा
लेसी-लेसी के
कईले ऊ राखी…
(४)
ऊ एतने साल में
बेच-बाच दिहले
कबसे जोगावल
पूरखन के थाती…
(५)
ज़्यादा का कहीं
आजा लवटके
खुदे समझ लेबअ
बतिया हो बाक़ी…
#Geetkar
Shekhar Chandra Mitra
#अवामीशायर #शायरी #बगावत #कवि
#चुनावीकविता #छात्रआंदोलन #भोजपुरी
#revolution #स्त्री #बगावत #गीतकार
#हक़ #नौजवान #बुद्धिजीवी #क्रांतिकारी
#BhagatSingh #Bhojpuri #देशभक्ति