पुकार
आजा हो
आजा हो
हमरा सपना के
राजा हो…
(१)
अपना श्याम से
बिछड़के आखिर
कब ले जीहें
राधा हो…
(२)
तू केतना चोट
अब देबअ हमके
घाव बा पिछले
ताजा हो…
(३)
तू का गईलअ
छोड़के गोकुल
हम रह गईनी
आधा हो…
(४)
साथे जीए के
साथे मुए के
काहे भूलवलअ
वादा हो…
(५)
तहरा बंंशी के
आगे दोसर
भावे ना हमके
बाजा हो…
(६)
फंस गईल तहरा
मीठ बतिया में
दिल रहे सीधा
सादा हो…
(७)
एक बेर हमके
दरशन दे दअ
लांघके सगरी
बाधा हो…
(८)
टूट जाओ ना
सांस के डोरी
घुटन बा बहुते
ज़्यादा हो…
#Geetkar
Shekhar Chandra Mitra
#my_dream_of_love #बॉलीवुड
#फनकार #सिनेमा #गायक #कवि
#copyright #lyricist #love #पुकार
#haunting #song #कृष्ण #गोपी
#भटकतीआत्मा #पुनर्जन्म #प्यार #मीरा