नाश करा माई
दुखवा अपने बेटवन के एहसास करा माई।
कोरोना के एहि नवरातर में नाश करा माई।-2
कहे के त सब ओर वैक्सीन लगत बा।
तब्बो हर जगह भयानक सीन दिखत बा।
अभिन ले शुद्ध आइल न माई एकर दवाई।
कोरोना के एहि नवरातर में नाश करा माई।-2
आइल महामारी ई जाने केकर दोष बा।
तुहरे शिवा न मैया केहू के भरोस बा।
हम कष्ट में रहब त कैसे तुहके सहाई।
कोरोना के एहि नवरातर में नाश करा माई।-२
घरवा दुअरवा गाय के गोबर से लिपा के।
इंतजार करब तोहार पलक बिछा के।
आ जईहा झट से बिना देर लगाई।
कोरोना के एहि नवरातर में नाश करा माई।।
-सिद्धार्थ