धर्म के धंधा
सबके चिंता
राम करेले
राम के चिंता
तू का करबअ?
सबके पेट
राम भरेले
राम के पेट
तू का भरबअ?
देश के गंदा कईल
लोग के अंधा कईल
अब जल्दी से छोड़ दअ
धर्म के धंधा कईल
सबके पीड़ा
राम हरेले
राम के पीड़ा
तू का हरबअ?
#Geetkar
Shekhar Chandra Mitra