Sahityapedia
Login Create Account
Home
Search
Dashboard
Notifications
Settings
14 Oct 2021 · 3 min read

देहिया मेल खोजअता (हँसी ठिठोली)

बुढउ बाबा बड़बड़ात रहलन आ दुगोला प्रोग्राम से बीचे मे खिसियाअ के उठ के चल दिहलन. बाबा बड़बड़ाएत जात रहलन आ कहत रहलन जे आजकल के हई बिरहा गाबे वला, दुगोला ब्यास लोगन आ ओकरा साथे जे बजनिया नचनियाँ सब बाड़ें सबे बेलाजा हो जा रहल बा. हइ देखअ त लोगवन जैसने लइकि ब्यास गबलस की टूटे नाहिं पलंग, देहिया बथता अलंग, ए रजउ देहिया मेल खोजता. मास्टर धुन बजौलस की लइकबा सब नाच नाच के रूपैया लूटा दिहलस. बांकि हमनी के बूढ़ पूरानी कभी एक कप चाह पियाबे खातिर कहेम त ई सब लइकबा सब लौंडा पचीसी करे लंगिहे जे खुदरा पैसा नइखे? हमनी दोसरे दिन पिया देब आज राउड़ अपने पैसबा से पी ली. बताबअ एतने जे देहिया मेल खोजअता त घरे चल जो आ जाके केबारी बन्न कर ले. यहमा लइका बचा के मन बिगारे के का जरूरी बा?

बाबा आगू आगू जात रहलन आ हमनीयो बाबा के पाछू हो गइनि जे का सब कहअ तारन. एने कैमरा मैन के कह देले रहनू जे तो रेकार्डिंग करत रहअ हम दस मिनट मे आबअ तानी. हमहूँ बाबा के पाछू आबत रहनी त हुनका से पूछ देनी ए बाबा का भइल ह जे हेतना खीसिआइल बानी? हमार सवाल सुनके बाबा औरी खिसिया के कहे लगलन भाख मरदे अभी हमार मन पिताइल बारे आ तू मीडिया वला सब औरी हमार देह मे आगी लगाबे चलल? वैसने नू जैसे केहू के घर मे आगि लागल रहेला आ तोहनी पत्रकार सब पूछेला जे अब कैसा महसूस कर रहें है?

हम बाबा के समझैनी जे अइसन बात नइखे हमनी के तनी आपसे बतियाइ के बा. आईं रौउड़ा संगें लिट्टी खात बानी आ फेर चहबा पी लिहल जाइ. एतना सुन के बाबा कहलन ठीक बा. हमनी दुनू लोग लिट्टी खइला बाद चाह पीये गइनी. उंहे पर हुनका से पुछनी हम जे ए बाबा आज राउड़ कौने बात पर एतना खिसिआइल बानी जा? बाबा कहे लगलन कैसे ना खिसियाईं? हई बताबअ बिरहा मे गाबता जे देहिया मेल खोजता त बताबअ सयान लइकबा सब बिगड़ी की ना? आ हइ नएका लइका सब आरा परहे जाइ आ भर दिन इहे फेर मे रहअता? मरद मेहरारू बला बात ओकरा तू मीडिया वला सब का कहेलअ, हम कहनी बेडसीट की बातें, त बाबा कहे लगलन हं उहे बात बताबअ त लइका बच्चा के सुनाबे के चाही?

ए किशन बबुआ तोह केतना खिस्सा बताएम? हइ देखअ एक जगह दुगोला मे गाबत रहलन जे पियबा से पहिले हमार रहलू, त चोली मे टीस मारअता, इहे बतिआ सब सुनके त लइकिया सब सेहो फैसन बना लेले बिया आ बियाह से पहिलेहिं सब कुकर्म अपकर्म कर लेबेली. बताबअ भोजपूरी गाना सब केतना अशलील होखे जात रहलबा? समाज पतन के ओर जा रहल से केहू के चिंता बा? ना नू? उपर से बतीस, नीचे से छत्तिस, जिंस ढिला करअ? हम पूछनी जे ए बाबा त रउरो माजा लीं. बाबा कहलन ए मरदे हम त एक बार एगो ब्यास से पूछनी जे जिंस ढिला करअ काहे गाबत रहलअ त गबैया कहलस जे ए बाबा खरे खरे जतरा बन जाई त घरहीं जाए का ना परी. बताबअ मरद होखे की मेहरारू सबे आजकल बेलाजा हो गइल बा. अरे मरदे जौन काम घरहीं पे केबार बन्न होके हो सकेला उ पब्लिक के बताबे के का जरूरी बा?

लइका बच्चा सब गंदा गाना सुन के बिगर रहल बा समाज मे चरित्र उठल जा रहल बा केहूके चिंता बा? सब स्टार बने के फेर कुछो से कुछो गाबेला बजाबेला सन. हमनीयों के जमाना मे मरद मेहरारू के गप होत रहलन एकदम झांपल, उहे मे बिरह, पिआर, देश समाज के बात होत रहलन आ एगो मर्यादा गरिमा बनल रहल. बांकी आजकल त गंदा गाबे के एखो रिबाज हो गइल. एतने मे हम पूछ देनी जे ए बाबा हउ लइकि डांसर रउड़ा दिस इशारा करके काहे गाबत रहली जे लइकबा तोहरे के पापा कहअता आ हमरा सैंया जी के चाचा कहअता? बाबा कहे लगलन ए मरदे तोहनीयो मीडिया वला ब्रेकिंग न्यूज बना के मानबअ का लोगन. इहे बतिया यदि हमार बूरही से कह देब त उ तुरंते कहीं जे डी एन ए टेस्ट करां के आई ना त घर ना घूंसे देब. आ टेस्ट रिपोर्ट डांसर दिसी चल गइल तब त हम अपना देही मे सटे ना देम?

कथाकार- डाॅ. किशन कारीगर
(©काॅपीराईट)

2 Likes · 2 Comments · 561 Views
📢 Stay Updated with Sahityapedia!
Join our official announcements group on WhatsApp to receive all the major updates from Sahityapedia directly on your phone.
Books from Dr. Kishan Karigar
View all
You may also like:
जीवन से ओझल हुए,
जीवन से ओझल हुए,
sushil sarna
अलविदा
अलविदा
Dr fauzia Naseem shad
मानवता
मानवता
Dr. Ramesh Kumar Nirmesh
कैसे बचेगी मानवता
कैसे बचेगी मानवता
Dr. Man Mohan Krishna
"सुप्रभात "
Yogendra Chaturwedi
मंज़र
मंज़र
अखिलेश 'अखिल'
मां
मां
Manu Vashistha
दोहा
दोहा
दुष्यन्त 'बाबा'
* इस धरा को *
* इस धरा को *
surenderpal vaidya
*** आप भी मुस्कुराइए ***
*** आप भी मुस्कुराइए ***
Chunnu Lal Gupta
लोककवि रामचरन गुप्त एक देशभक्त कवि - डॉ. रवीन्द्र भ्रमर
लोककवि रामचरन गुप्त एक देशभक्त कवि - डॉ. रवीन्द्र भ्रमर
कवि रमेशराज
चाँदी की चादर तनी, हुआ शीत का अंत।
चाँदी की चादर तनी, हुआ शीत का अंत।
डॉ.सीमा अग्रवाल
हमारा सफ़र
हमारा सफ़र
Manju sagar
*सम्मति*
*सम्मति*
DR ARUN KUMAR SHASTRI
सजधज कर आती नई , दुल्हन एक समान(कुंडलिया)
सजधज कर आती नई , दुल्हन एक समान(कुंडलिया)
Ravi Prakash
धनतेरस
धनतेरस
डॉ विजय कुमार कन्नौजे
दिल को समझाने का ही तो सारा मसला है
दिल को समझाने का ही तो सारा मसला है
shabina. Naaz
इस मुकाम पे तुझे क्यूं सूझी बिछड़ने की
इस मुकाम पे तुझे क्यूं सूझी बिछड़ने की
शिव प्रताप लोधी
पूछो हर किसी सेआजकल  जिंदगी का सफर
पूछो हर किसी सेआजकल जिंदगी का सफर
पूर्वार्थ
याद आते हैं वो
याद आते हैं वो
रोहताश वर्मा 'मुसाफिर'
पड़ोसन के वास्ते
पड़ोसन के वास्ते
VINOD CHAUHAN
#सामयिक_ग़ज़ल
#सामयिक_ग़ज़ल
*Author प्रणय प्रभात*
2952.*पूर्णिका*
2952.*पूर्णिका*
Dr.Khedu Bharti
आंखों में
आंखों में
Surinder blackpen
मैं  गुल  बना  गुलशन  बना  गुलफाम   बना
मैं गुल बना गुलशन बना गुलफाम बना
भवानी सिंह धानका 'भूधर'
मेरी हर आरजू में,तेरी ही ज़ुस्तज़ु है
मेरी हर आरजू में,तेरी ही ज़ुस्तज़ु है
Pramila sultan
मौसम कैसा आ गया, चहुँ दिश छाई धूल ।
मौसम कैसा आ गया, चहुँ दिश छाई धूल ।
Arvind trivedi
बाल गीत
बाल गीत "लंबू चाचा आये हैं"
अटल मुरादाबादी, ओज व व्यंग कवि
'चो' शब्द भी गजब का है, जिसके साथ जुड़ जाता,
'चो' शब्द भी गजब का है, जिसके साथ जुड़ जाता,
SPK Sachin Lodhi
"आज का दौर"
Dr. Kishan tandon kranti
Loading...