जे सतावेला अपना माई-बाप के
हाय, जे सतावेला अपना माई-बाप के
कवनो प्रायश्चित नइखे ओकरा पाप के…
(१)
जे तहरा के पालल-पोसल
तहरे भलाई-हरदम सोचल
तू काहे मारेलअ ओकरा के लात से…
(२)
केतनो कर लअ-तीरथ यात्रा
केतनो दे लअ-दान दक्षीना
तू बाकीर बचबअ ना नरक के आग से…
(३)
रूखा सूखा-रोटी के ना
फाटल पुरान-धोती के ना
अमरख बाटे उनका खाली तहरा बात के…
#Geetkar
Shekhar Chandra Mitra
#इंसाफ #धर्म #mother #father
#parents #love #care #family
#वृद्धाश्रम #मांबाप #बूढ़ापा #देखभाल
#मानवता #परिवार #घर #सेवा #प्रेम