जियान काहें कइलअ
जियान काहें कइलअ
■■■■■■■■■■■■■■■■■■■■■■■
जियान काहें कइलअ जियान काहें कइलअ जियान काहें कइलअ
दे देतअ दान हो-
जियान काहें कइलअ
दे देतअ ढेर बा त पेट भरि जाइत
तू फेकि दिहलअ गरीब केहू खाइत
जियान काहें कइलअ जियान काहें कइलअ जियान काहें कइलअ
कहे कूड़ेदान हो-
जियान काहें कइलअ
कबो कबो खाला कबो रहि जा उपासे
लइका भिखारी एगो घरवा के पासे
जियान काहें कइलअ जियान काहें कइलअ जियान काहें कइलअ
डहके नादान हो-
जियान काहें कइलअ
सुनि ल ये भाई तू पिरितिया निभावअ
कवनों ग़रीब के ना हक हथिआवअ
जियान काहें कइलअ जियान काहें कइलअ जियान काहें कइलअ
हो के सग्यान हो-
जियान काहें कइलअ
– आकाश महेशपुरी