जिंदगी के तमाशा
जिंदगी के तमाशा
◆◆◆◆◆◆◆◆◆◆◆◆◆◆
बाटे मुश्किल जियल आ मरल बा कठिन
जिंदगी के तमाशा कहल बा कठिन
केहू गलती करे केहू पावे सजा
केहू दुखवा सहे केहू लेला मजा
ये गरीबी पअ अपना रोवल बा कठिन-
जिंदगी के तमाशा कहल बा कठिन
लोग बदले लगल बा छने-छन इहाँ
छल सोचे इयरवो मने-मन इहाँ
हाँथ हँस के केहू के दिहल बा कठिन-
जिंदगी के तमाशा कहल बा कठिन
ज़ख्म सी के इहाँ लोर पी के इहाँ
सुख मिली आ कि ना कहियो जी के इहाँ?
प्रश्न ई बा कठिन येके हल बा कठिन-
जिंदगी के तमाशा कहल बा कठिन
ना साहाला ई गम केहू कइसे सहे
मुस्कुरा के जियअ सभे इहे कहे
गम के सागर में जा के हँसल बा कठिन-
जिंदगी के तमाशा कहल बा कठिन
– आकाश महेशपुरी