जनम-जनम के साथ
राम जाने हम काहां
देखले बानी तहराके
सोच के बतावअ तू
जानेलू का हमराके
राम जाने हम…
(१)
याद नईखे नंउवा तबो
याद नईखे गंउवा तबो
लागे हमके काहे बाकिर
मिलल बानी तहसे कबो
राम जाने हम…
(२)
या तअ कवनो सपनवा के
या फिर पिछला जनमवा के
अटूट रिश्ता बा हमनी के
शायद सात वचनवा के
राम जाने हम…
(३)
तूहूं तअ कुछ बोलअ तनी
राज आपन खोलअ तनी
निकल के फोटोउवा से
साथ हमरा होलअ तनी
राम जाने हम…
#Geetkar
Shekhar Chandra Mitra
#रोमांटिक #कृष्ण #गोपी #love
#कवि #bollywood #गीतकार
#radha #प्रेम #भोजपुरी #गायक
#lyricist #bhojpuri #propose