चरचा गरम बा
ख़बर छपल बा
अखबार में
चरचा बा
गांव-जवार में
देसवा बेचा
रहल खुलेआम
पूंजिपतियन के
बाज़ार में…
(१)
खालिस्तानी हअ
जेहादी हअ
ऊ तअ एगो
नक्सलवादी हअ
जे हाजिरी
ना दी जाके
साहेब के
दरबार में…
(२)
मीडिया से
अदालत औरी
चुनाव आयोग से
सीबीआई ले
सभे बंधुवा
मजदूर बनल
ये मौजूदा
सरकार में…
(३)
ना खेत में
किसान सुरक्षित
ना सीमा पर
जवान सुरक्षित
लोकतंत्र
चुनवावाल जाता
आजकल जिंदे
दीवार में…
#Geetkar
Shekhar Chandra Mitra
#FreedomOfExpression
#FarmersProtest #शोषित
#सामाजिक_न्याय #मजदूर #इंसाफ
#भोजपुरी #गीतकार #जनवादी
#महंगाई #बेरोजगारी #निजीकरण
#पुलवामा #फौजी #indianarmy
#सत्यपालमलिक #SatyaPalMalik