गीत गा लअ प्यार के
चाहे केतनो मसीहा आवस
लोग के मरल कम ना होई
केहू बचा ना पाई ओके
जेकरा लगे दम ना होई…
(१)
दिल के साज टूटे से पहिले
गीत प्यार के गा लअ खुलके
अईसन दिन ना आई कहियो
जब दुनिया में ग़म ना होई…
(२)
मज़हब औरी सियासत के
जबले बाटे मिली भगत
आख़िर तू काहे सोचेलअ
धरती पर मातम ना होई…
(३)
तहार दीया बुझे या जले
रूकी ना तूफान समय के
कवनो तारा के टूटला से
आंख गगन के नम ना होई…
#Geetkar
Shekhar Chandra Mitra
#भोजपुरी_गीतकार #lyricist
#love #life #जिंदगी #मौत
#life #उत्सव #जश्न #गीतकार
#कवि #शायर #जिंदगी #नौजवान