कुसीनगर के माटी
हउवे भोजपुरिया खाँटी जिला कुसीनगर के माटी
जे बुद्ध नगरिया आई दुनिया में सनेहिया बाँटी
कुस के बसावल कुसीनगर नाहीं परती
बाबा अज्ञेय जी के हवे जनम धरती
इहवाँ जे आवे बिना मोल के बिकाला
हियरा से मान सम्मान ऊ दियाला
पहुना के देवता मानल एहिजा के हवे परिपाटी
बुद्ध भगवान के असीस बा सहाई
रहिया देखावें खन्हवारे वाली माई
धाम रामकोला जा के जियरा जुड़ाला
कुलकुला मैनपुर में मन मुस्कियाला
गण्डक नरायनी तीरे जे आई पिरितिया साटी
बाड़ी पड़रौना में आसीन माई हट्टी
निकरल सुरुज देव बाने तुरुकपट्टी
बनि के कुबेरनाथ भोले बाबा साजें
सोनमती माई बेदूपार में विराजें
सरधा ले के अइला पर देली सब दुखवा छाँटी
काला नमक बासमती धान उपजेला
ऊँखियन के रसवा में नेहियो बसेला
खोउवा के खुरमा मिलेला हाटा-कसया
भेली सुकरौली के मेटावे हर समसया
बोलियो से झरी मिठाई जब महिया रबवा चाटी
बंचरा-करमहा के बाति का उचारीं
सिद्ध पीठ मानल जाला मठ दूनूँ भारी
बघवन से दँवरी करावत रहनें बाबा
इहवें हमार हउवे कासी अउरी काबा
जब जब ‘असीम’ घबड़ाई धीरज से दिनवा काटी
© शैलेन्द्र ‘असीम’