का हाल बा?
औरी सुनावअ
हाल बा का
बिगड़ल देश के
चाल बा का…
(१)
सड़क से लेके
संसद ले
चारू ओर
गोलमाल बा का…
(२)
जवना पर बा
बइठल लोग
उहे काटत
डाल बा का…
(३)
औरत जात के
इज़्ज़त से
महंगा रोटी
दाल बा का…
(४)
स्विस बैंक के
खाता में
लूट के सगरी
माल बा का…
(५)
छोटा-बड़ा
हर संस्था में
जात-पात के
जाल बा का…
#Geetkar
Shekhar Chandra Mitra
#PMOIndia #democracy #छात्र #मजदूर
#युवा #महंगाई #बेरोजगारी #इलाज #सुरक्षा