उनके नैनन के वार झेलेनी
उनके नैनन के वार झेलेनी
■■■■■■■■■■■■
उनके नैनन के वार झेलेनी
रोज़ होके बीमार झेलेनी
चोट खाईं त दर्द ना होला
बेवफ़ाई के मार झेलेनी
टूट जाला केहू तनी भर में
हम त सदमा हज़ार झेलेनी
झूठ बोलेके ना करेजा बा
साँच बोलीं त हार झेलेनी
ऊ त कायर बा हार माने जे
हम त जीवन के भार झेलेनी
एगो ‘आकाश’ फूल के ख़ातिर
जाने केतना कटार झेलेनी
– आकाश महेशपुरी
दिनांक- 10/06/2020