असफल कवि
शायद आके राम राज में
भूखमरी लिखल बा भाग में…
(१)
आखिर जीवन केतना चली
बसिया रोटी औरी साग में…
(२)
डेग-डेग पर ठोकर पाके
कबले गाईं मीठा राग में…
(३)
मिलो ना जइसे काम एगो
वो शिक्षा के झोंकअ आग में…
(४)
कवि के कवनो मोल नइखे
ये हिरदय-हीन समाज में…
(५)
जे जीते-जी कुछ ना कइल
भला का करी ऊ बाद में…
#Geetkar
Shekhar Chandra Mitra
#bhojpuri #lyrics #bollywood
#lyricist #गरीब #बेरोजगार #नाकाम
#मैं_शायर_बदनाम #गीतकार #गुमनाम
#असफल #निर्धन #कवि #फनकार