असफल कवि
जो हमरो लायक उंहवा
कवनो काम होई तअ बोलिहअ
रहे-ओहे के ठीक-ठाक
इंतज़ाम होई तअ बोलिहअ…
(१)
पानियो से सस्ता इंहवा
मज़दूर के खून-पसीना बा
मेहनत के वाजिब उंहवा
मिलत दाम होई तअ बोलिहअ…
(२)
सुनले बानी बालीवुड में
तहार होला आईल-जाईल
कवनो डाइरेक्टर से
पहचान होई तअ बोलिहअ…
(३)
लिख-लिखके रखेनी हम तअ
किसिम-किसिम के गीत रोजो
गुमनाम बानी बाकिर अबले
उंहवा नाम होई तअ बोलिहअ…
#Geetkar
#गीत #love #bollywood #कवि
#शायर #गीतकार #गायक #भोजपुरी
#lyricist #film #writer #bhojpuri
#मैं_शायर_बदनाम #नाकाम #असफल