अनपढ़ बनावे के साज़िश
ई नान्ह जात
जो पढ़ जाई हो
तअ हमनी से
आगे बढ़ जाई हो…
(१)
अबले रहल बा
जे गोड़ के नीचे
हमनी के मुड़ी
पर चढ़ जाई हो…
(२)
आपन अधिकार
या इंसाफ खातिर
खुलेआम केहू
से लड़ जाई हो…
(३)
अपना गरीबी
आ पिछड़ापन के
सब दोष हमनी
पर मढ़ जाई हो…
(४)
जेके तुरल
बड़ी मुश्किल होई
अइसन कीर्तिमान
गढ जाई हो…
#geetkar
Shekhar Chandra Mitra
#मनुवाद #सामंतवाद #ज्ञान
#पितृसत्ता #पोंगापंथ #शिक्षा
#दलित #आदिवासी #पिछड़ा
#शूद्र #औरत #मनुस्मृति #हक