हमरा सपना के भारत
![](https://cdn.sahityapedia.com/images/post/5e2e525926b552464e07c0b661ac22e0_c6b5b8d5dd3a4424d93f43286d4b027d_600.jpg)
मार रहे ना
लूट रहे
प्यास रहे ना
भूख रहे
दुआ करेनी
रात-दिन
जे जहां बा
खुश रहे…
(१)
दो दिलन के
बीच में
रहे ना
कवनो दीवार
प्यार औरी
शादी के
सबके बराबर
छूट रहे…
(२)
मुफ़्त में
शिक्षा मिले
मुफ़्त में
होखे इलाज़
ज़िंदगी के
सवाल पर
कहीं तनको ना
चूक होखे…
(३)
अधिकार
या इंसाफ़ में
होखे ना
कवनो पक्षपात
आम जनता के
गर्दन पर
हाकिम के ना
बुट रहे…
(४)
देश औरी
समाज खातिर
मिलजुल के
सभे काम करे
जात-धरम
भाषा-प्रांत के
आपस में ना
फुट रहे…
#Geetkar
Shekhar Chandra Mitra
#पिछड़ा #बहुजन #दलित #आदिवासी
#जातिवाद #Labour #lyricist #कवि
#bhojpuri #जनवादी #प्रार्थना #विद्रोही
#शायर #सिनेमा #मजदूर #किसान #बुद्ध
#peace #nowar #healtheworld