दहेज़ प्रथा
महंगा-महंगा चीज
डेग-डेग मांगेला
मार जुअन ढहना
दहेज़ मांगेला…
(१)
ऊ तअ बइठे खातिर
कुर्सी-मेज मांगेला
मार उफर परना
दहेज़ मांगेला…
(२)
अपना सुते खातिर
नरम सेज मांगेला
मार सुअर मुंहा
दहेज मांगेला…
(३)
चले खातिर बाइक
ख़ूब तेज मांगेला
मार भकचोन्हरा
दहेज़ मांगेला…
(४)
खाए खातिर खाना
नानवेज मांगेला
मार बकलोलवा
दहेज़ मांगेला…
(५)
मार्केट में जेकर
होखे क्रेज मांगेला
मार लतखोरवा
दहेज़ मांगेला…
#दहेज #दहेज_प्रथा #शादी
#drowry #भोजपुरी_गीत
#गीतकार #शायर #कुरीति
#geetkar #कुप्रथा #विवाह