अंतिम संदेश
आईल खबरिया बेधले प्राण हो
काहे छोड़ दिहलु संसार जान हो
सोचल मनवा के बतिया हमार हो
काँच जईसे टूट गईल सजल संसार हो
बसत प्राण रहे तोहरा में जान हो
तोहरा बीना ई अधूरा अरमान हो
सपना चूर भईल काँच के समान हो
विपदा के टूटल बाड़े असमान हो
दोस्ती अधूरी छोड़ गईलू संसार में
केतना बताई तोहे चाहत रही सार में
तोहरा बिना जीवन भईल उदास हो
बहुते लोगन के रहलू हैं खास हो
आधे सफर में छोड़ दिहलू साथ हो
कईसे छूटल बोला हथवा से हाथ हो
रोवत बीते अब दिन अरुरी रात हो
कईसे होई सखी तोहरा से बात हो
अखियाँ में आँसू भरल दिल बे जान हो
तोहरे में बसे सखी हमरा प्राण हो