Sahityapedia
Sign in
Home
Your Posts
QuoteWriter
Account
14 Aug 2024 · 1 min read

मैडम

मैडम

रोजो बाजार घुरिआवेली मैडम
पिज़्ज़ा आ बर्गर उड़ावेली मैडम

लागि गइल बा ब्यूटी पार्लर के हावा
पानी में आगी लगावेली मैडम

अँखिया में कजरा , बाले में गजरा
कँखिया में बैग लटकावेली मैडम

देहिया बा मोटा , कपड़ा बा छोटा
तीन हिस्सा तन देखलावेली मैडम

जींस भा टीसल्ट सब पहिरेली फाटल
फटलो के माॅडल बतावेली मैडम

हील वाली सैंडिल में चलेली मातल
चलत में गोड़ मुचुकावेली मैडम

पहिरें ना चुनरी , बनेली सुनरी
पदबी छुछुनरी के पावेली मैडम

कहल बा नारी के लाजे हs गहना
लाजे से दूरी बनावेली मैडम

बाड़ी बेपर्दा में गर्दा उड़ावत
अवधू का इचिको ना भावेली मैडम

अवध किशोर ‘अवधू’
मोबाइल नंबर 9918854285
दिनांक 13- 08-2024

Loading...