Sahityapedia
Sign in
Home
Your Posts
QuoteWriter
Account
29 Oct 2023 · 1 min read

दिलरुबा जे रहे

देखते देखते का से का हो गईल
दिलरुबा जे रहे बेवफा हो गईल
सोचले रहनी का अउरी का हो गईल
दिलरुबा जे रहे बेवफा हो गईल…
(१)
चोट किस्मत के खा-खाके घायल बनल
पहिले गजरा रहे फेरू पायल बनल
गीतिया प्यार के गावे चलल जे रहे
आखिर शेखरा काहे ऊ पागल बनल
दोष दोसरा के देहला से का फायदा
अपने दिलवा जब बेहया हो गईल…
(२)
जेके नीमन कहनी ओके बाऊर लागल
जेके अमृत देहनी ओके माहुर लागल
एने बर्बाद भईनी हम उनका खातिर
ओने दोसरा के माथे माऊर चढल
केहू करबो करो तअ अइसे में का
जब इहे दुनिया के कायदा हो गईल…
#Geetkar
Shekhar Chandra Mitra
#Lyricist #songs #गीतकार

Loading...