Sahityapedia
Sign in
Home
Your Posts
QuoteWriter
Account
3 Oct 2023 · 1 min read

सलेक्ट होलें कउआ

सुनला पर साँचो आश्चर्य होई रउआ
चानी से आले बा गिलट के भउआ
होता सलेक्सन संगीत वाला मास्टर के
छँटि जाली कोयल सलेक्ट होलें कउआ
काम बने पूजा देंउकुरी चढ़वला से
एकरा अलावा बा दोसर ना दउआ
बात जहाँ कवनो बा बोतल से नीचे ना
ओ जगे का करी आधा आ पउआ
अदिमी ई चारा पचा जाता जेतना ले
सातो जनम में सधइहें ना चउआ
‘अवधू’ भँइसि जवन कहियो नहाले ना
ओहू का लगता तेल गमकउआ

Loading...