Sahityapedia
Sign in
Home
Your Posts
QuoteWriter
Account
5 Aug 2023 · 1 min read

डाइन

जवने माई पोसि पालि कइली बबुआ के फाइन
माई भइली बूढ़ि कहें, बबुए उनका के डाइन – 2

भूलि गइल बाड़ें माई के ,बुकवा तेल लगावल
भूलि गइल बाड़े माई के, कs खs ग घs पढ़ावल
अब साहेब बनि के कागज पर करत रहेलें साइन
माई भइली बूढ़ि कहें, बबुए उनका के डाइन – 2

गर्हल घास माई के खाके, गइया दुधवा देले
खाला दूध सभे माई ना , टोना तहाँ करेले
अपने नतियन के निरखें तब, होखे लगे किचाइन
माई भइली बूढ़ि कहें, बबुए उनका के डाइन – 2

घर भर डाइन कहे लगल तब , भइल गाँव में हाला
माई जाली जहें,गाँव के सगरी लोग भयाला
माई कहाँ रहो बतलवास, बबुए कवनो लाइन
माई भइली बूढ़ि कहें, बबुए उनका के डाइन – 2

अवधू, कहें ओह बबुआ से , तहरो बबुआ बालो
तू चाहें तहरो बीबी जानि , बाँसे पर चढ़ि जलो
तहरो अमिरि ढली बिहने, ढलिहें तहरो मलिकाइन
माई भइली बूढ़ि कहें, बबुए उनका के डाइन

अवध किशोर ‘अवधू ‘
ग्राम – बरवाँ( रकबा राजा)
पोस्ट – लक्ष्मीपुर बाबू
जनपद – कुशीनगर (उत्तर प्रदेश )
पिन नंबर – 274407
मोबाइल नंबर – 9918854285

Loading...