Sahityapedia
Sign in
Home
Your Posts
QuoteWriter
Account
15 Jun 2023 · 1 min read

का कहीं रहन अपना सास के

नून, तेल,मरिचा देली नाप के
का कहीं रहन अपना सास के

कहेली अपना के बड़ा भागमानी
चलती चलावेली जैसे महारानी
करे ली नाही एको कौनो कार
सुतले – सुतले तबो जाली हार

बात- बात पर बोलेली डांट के,
का कहीं रहन अपना सास के ।

केहू से देखली जे बतियावल
चारुओर फोन लागेली घुमावल
तनको हमरा के बइठल देखली
बेरहीन,रसीयाव के आडर देहली

तरमस- तरमस चलेली नाच के
का कहीं रहन अपना सास के

लुर ना ढंग दुनिया भर के बवंडर
पतोहु बिछेली ली आल राउंडर
दहेज चाही हुमचउवा भरपूर
लड़की के बाप खेत बेचे धूरेधुर

सबके कहेली काम के न काज के
का कहीं रहन अपना सास के

नूर फातिमा खातून नूरी
जिला -कुशीनगर
उत्तर प्रदेश

Loading...