Sahityapedia
Sign in
Home
Your Posts
QuoteWriter
Account
16 Apr 2023 · 1 min read

आईं देखीं रउवा हमार पटना

आईं देखीं रउवा हमार पटना

आईं भोजपुरिया बहार देखीं
चलीं गंगा माई केे धार देखीं
मन होखे रउवा घूमीं ओतना
आईं देखीं रउवा हमार पटना

पाटलिपुत्र पहिला नाम पड़ल
मगध राज के फिर झंडा गड़ल
उदयिन दिहले एकरा नाम पटना
आईं देखीं रउवा हमार पटना

हनुमान जी के दर्शन कर लीं
हरमंदिर साहिब में मत्था टेकीं
पटन देवी के बाटे मान केतना
आईं देखीं रउवा हमार पटना

चलीं गोलघर आलिशान देखीं
संजय गाँधी जैविक उद्यान देखीं
देखीं गाँधी मैदान विशाल केतना
आईं देखीं रउवा हमार पटना

जिउतिया माई के उपवास देखीं
राखी खातिर इहवाँ उल्लास देखीं
सभे रंग दिखी रउवा खोजब जेतना
आईं देखीं रउवा हमार पटना

छठी माई के इहवाँ भक्ति देखीं
गुरु गोविंद सिंह के जयंती देखीं
होली दीवाली ईद त्यौहार केतना
आईं देखीं रउवा हमार पटना

लिट्टी चोखा तनी खा के देखीं
मगही पान तनी चबा के देखीं
ठेकुआ खाजा में बा मिठास केतना
आईं देखीं रउवा हमार पटना

मालपुआ जलेबी के प्यार देखीं
दही पापड़ खिचड़ी अचार चखीं
तिलकुट खुरमा लकठो के यार केतना
आईं देखीं रउवा हमार पटना

खाँटी माटी के पहिचान देखीं
बिहार के राजधानी ह शान देखीं
पूरा करलीं सभे आपन सपना
आईं देखीं रउवा हमार पटना

– आशीष कुमार
मोहनिया, कैमूर, बिहार

Loading...