Sahityapedia
Sign in
Home
Your Posts
QuoteWriter
Account
3 Apr 2023 · 1 min read

भोजपुरी गायक

ऐ भोजपुरिया गायक लोग
तनको तअ शरम करअ
अपने भाषा से घिन हो जाव
अइसन मत करम करअ…
(१)
अपना देश औरी समाज में
केतना कुछ बा गावे के
मेन मुद्दा से ध्यान भटका के
पैदा मत भरम करअ…
(२)
का तहरा लोगिन के घर में
बेटी-बहिन केहू नइखे
एतना फुहड़ गीत गा-गाके
भेजा मत गरम करअ…
(३)
एइसन गीत गावअ जेइसे
वैज्ञानिक चेतना फइले
पाखंड औरी आडंबर के
नामे मत धरम करअ…
#Geetkar
Shekhar Chandra Mitra
#फनकार #सियासत #कवि #हल्लाबोल
#गीतकार #राजनीति #पोंगापंथ #जनवादी
#lyricist #singer #bhojpuri #filmy

Loading...