Sahityapedia
Sign in
Home
Your Posts
QuoteWriter
Account
27 Mar 2023 · 1 min read

भागअ मत, दुनिया बदलअ

हर चुनौती स्वीकार करअ
दुनियादारी से मत भागअ
तहरा जवन मिलल बा वो
जिम्मेदारी से मत भागअ…
(१)
तू पहिले काबिल बनअ
फेर कवनो चाहत करअ
कामयाबी ज़रूर मिली
बेरोज़गारी से मत भाग…
(२)
आख़िर कवन बीमारी बा
जेकर कवनो इलाज़ नाहीं
असली डाक्टर के ढूंढ़अ
बीमारी से मत भागअ…
(३)
आतम हत्या तअ कवनो
समस्या के हल ना हअ
ये आदमखोर व्यवस्था के
मक्कारी से मत भागअ…
(४)
आज पीड़ित मानवता के
तहार बहुत ज़रूरत बा
एकरा अदालत में आपन
जवाबदारी से मत भागअ…
#Geetkar
Shekhar Chandra Mitra
#हकमारी #दिहाड़ी #मजदूर #फनकार
#इंकलाब #सवाली #democracy
#विपक्ष #गरीब #कवि #गीतकार #सच
#भोजपुरी #विद्रोही #जनवादी #क्रांति

Loading...