Sahityapedia
Sign in
Home
Your Posts
QuoteWriter
Account
17 Mar 2023 · 1 min read

इंडिया में का बा ?

देखअ ए फेकू बाबा
इंडिया के हाल का बा
बाजेला दुनिया भर में
अब राम राज के बाजा…
(१)
एक तअ छिनाइल रोज़गार
दोसरे महंगाई के मार
बस चुनावी जुमला रहे
ऊ अच्छा दिन के वादा…
(२)
अनपढ़-जाहिल नेता घूमे
मंत्री बनके जहाज में
पढल-लिखल युवा बइठल
ठेला पर खोलके ढाबा…
(३)
क़ातिल औरी लूटेरा तअ
फूल के माला पहीने
मानवता के सेवक पावे
काला पानी के साजा…
(४)
पाखंड औरी आडंबर के
हल्ला बाटे चारू ओर
विश्वगुरु देश भईल
मीडिया में खबर बा ताजा…
(५)
ना ढंग के कालेज बनवलअ
ना कायदे के अस्पताल
हिंदू राष्ट्र के नाम पर
जनता से कईलअ दागा…
#Geetkar
#महंगाई #बेरोजगारी #भ्रष्टाचार
#अपराध #नफरत #शिक्षा #विपक्ष
#स्वास्थ्य #अराजकता #परेशान
#मजदूर #किसान #जनता #भोजपुरी
#राजनीति #निजीकरण #हकमारी
#हल्ला_बोल #politics #गरीबी
#lyricist #lyrics #इंडिया_में_का_बा
#इंटरनेशनल_बेइज्जती #भारत_का_डंका

Loading...