Sahityapedia
Sign in
Home
Your Posts
QuoteWriter
Account
9 Feb 2023 · 1 min read

लागो ना नज़र तहके

राम जी बनवले बाड़े
केतना सुनर तहके
लागे ना नज़र तहके
लागे ना नज़र तहके…
(१)
आवअ हमार परी आवअ
आंखी के पुतरी आवअ
लगा दीं काजर तहके
लागे ना नज़र तहके…
(२)
टोला-मुहल्ले नाहीं
राही-बटोही सभे
देखेला ठहर तहके
लागो ना नज़र तहके…
(३)
चांदवा कि तारवा के
फूलवा कि चिरैया के
केकर बा असर तहपे
लागे ना नज़र तहके…
(४)
तू अजर-अमर होखअ
जल्दी लमहर होखअ
हमरो मिले उमर तहके
लागे ना नज़र तहके…
(५)
तहार बलैया ले लीं
आंचल के छैंया दे दीं
भावे प्रेम-नगर तहके
लागे ना नज़र तहके…
#Geetkar
Shekhar Chandra Mitra
#love #कवि #bollywood #कवि
#dream #prayer #baby #गीत
#LORI #lullaby #mother #शायर
#bhojpuri #Lyricist #lyrics #प्रेम
#गीतकार #मां #शिशु #पालना #लोरी
#ममता #माता #childcare #मातृत्व

Loading...