Sahityapedia
Sign in
Home
Your Posts
QuoteWriter
Account
18 Jan 2023 · 1 min read

निर्मोही

तहके तनको प्यार जो रहीत
तू हमसे दूर कबो ना जईतअ
धड़कत रहे जे तहरे खातिर
वो दिल के तूर कबो ना जईतअ…
(१)
केतना हसरत से बनवलअ जेके
अपने हाथे से सजवलअ जेके
तू सपना के वो शीशमहल के
कर चकनाचूर कबो ना जईतअ…
(२)
ना तअ आगे बढल अब संभव बा
ना ही पीछे हटल अब संभव बा
छोड़के हमके ये बंद गली में
एतना मजबूर कबो ना जइतअ…
(३)
टूटे तअ टूटे भले सांस बाकिर
कबो साथ नाहीं छूटेला एइमें
तू लैला औरी मजनूं के अइसे
भूलके दस्तूर कबो ना जइतअ…
#Geetkar
Shekhar Chandra Mitra
#lyrics #Lyricist #bollywood
#राधा #कृष्ण #मथुरा #गमन #वियोग
#विरह #गोपी #प्रेम #sad #song
#परीकथा #गीत #परदेशी #टीस #दर्द

Loading...