Sahityapedia
Sign in
Home
Your Posts
QuoteWriter
Account
7 Sep 2022 · 1 min read

भोजपुरी के दशा

ई भोजपुरिया गायक
बाड़न हो कवना लायक
कुछ लोगे इंहवा नायक
बाकी सभे खलनायक…
(१)
हाय, जवना भाषा में
लोरी गवले रहे माई
ओही भाषा के दाशा
केतना भईल दुखदायक…
(२)
हाय, जवना भाषा में
काथा कहले रहे नानी
ओही भाषा के दाशा
केतना भईल दुखदायक…
(३)
हाय, जवना भाषा में
पींड़िया गवले रहे बहिना
ओही भाषा के दाशा
केतना भईल दुखदायक…
(४)
हाय, जवना भाषा में
बाबा कहले रहे बबिया
ओही भाषा के दाशा
केतना भईल दुखदायक…
#Geetkar
Shekhar Chandra Mitra
#भोजपुरिया #सामाजिकसरोकार #BhojpuriBachawo #Lyricist
#साहित्यिकप्रतिबद्धता #जनवादी #गीतकार

Loading...