Sahityapedia
Sign in
Home
Your Posts
QuoteWriter
Account
9 Aug 2022 · 1 min read

स्वागत बा श्री मान

स्वागत बा श्री मान हिया से स्वागत बा श्री मान
रउआ अइनी धन्य भइल ई गाँव-नगर स्थान
हिया से स्वागत बा श्री मान हिया से…..

राउर पाँव परल बा इहवाँ शुभ दिन बाटे आइल
दरसन से दू नैन जुड़ाइल मनवो आजु अघाइल
कदम कदम पर पलक बिछा दीं इहे बा अरमान
हिया से स्वागत बा श्री मान हिया से…..

बड़ी भागि से आइल बानीं दरस हीक भर पा लीं
शब्दन के हम फूल गूहि के गर में रउआ डालीं
हिरदय से संगीत उठेला अधरन पर बा गान
हिया से स्वागत बा श्री मान हिया से…..

पेड़ पेड़ प रौनक आइल पात पात हरियाली
मनवा के पंछी नाचत बा पा के ई खुशहाली
आ के किरिपा कइनी येइजा रउआ एक महान
हिया से स्वागत बा श्री मान हिया से…..

– आकाश महेशपुरी
दिनांक- 07/08/2022

Loading...