Sahityapedia
Sign in
Home
Your Posts
QuoteWriter
Account
16 Jun 2022 · 1 min read

डीह बाबा से विजया के अर्जी

मऊर बताईं कब चढ़ी हमरे कपार पे
लागल बाटी शादी खातिर कबसे कतार में

अगुआ से कहत – कहत जान हमार जाता
दूसरा के का बुझाई जवन हमका बुझाता
शादी के कवनो योजना चलवा दीं सरकार से
मऊर बताईं कब चढ़ी हमरे कपार पे

रतिया के नींद अब हमके न आवत बा
हमके अपने भविष्य के चिंता सतावत बा
का होइ अब हमरे सपना के संसार के
मऊर बताईं कब चढ़ी हमरे कपार पे

गाँव के सब लोगन पे किरपा ते राउर बा
बताईं न ये बाबा ई विजया काहे बाउर बा
हमके काहे छोड़ देत बाटी मझधार में
मऊर बताईं कब चढ़ी हमरे कपार पे

माई हमार झुमका बड़ा सुंदर बनववले बा
लगनिया में बुकवा से हमके चमकवले बा
असरा बा बरदेखुआ अइहें हमरो दुआर पे
मऊर बताईं कब चढ़ी हमरे कपार पे

गाढ़ी कमईया से नकबुल्ला बनववले बाटी
झोरा में रखले बाटी सबसे छुपवले बाटी
सिल्क वाला लुग्गा हमहूँ लइलीं बाजार से
मऊर बताईं कब चढ़ी हमरे कपार पे

फेरा केहू के लेत देख आवत बोखार बा
का कहीं हमार भाग लागत न चोखार बा
हमहू के दर्शन अब करवा दी ससुरार के
मऊर बताईं कब चढ़ी हमरे कपार पे

-सिद्धार्थ गोरखपुरी

Loading...