Sahityapedia
Sign in
Home
Your Posts
QuoteWriter
Account
17 Mar 2022 · 1 min read

तहके दिल में बसावल खता हो गइल

तहके दिल में बसावल खता हो गइल।
लोग हमरा से आपन खफा हो गइल।

कइसे नैना मिलल बात आगे बढ़ल,
हाय अचके में जाने इ का हो गइल।

भाजपा में रहे योगी योगी करें,
आज अखिलेश के रहनुमा हो गइल।

रंग गिरगिट भी एतना ना बदली कबो,
नीला भगवा भइल अब हरा हो गइल।

हाय मौसम सितम ढा रहल आजकल,
जाड़, गरमी कबो बदरवा हो गइल।

सन्तोष कुमार विश्वकर्मा सूर्य

Loading...