Sahityapedia
Sign in
Home
Your Posts
QuoteWriter
Account
3 Jul 2021 · 1 min read

गजल

प्रीति के रीति सबके पता हो गइल
आजु अइसन भइल का खता हो गइल

साँस अचके फँसल नेह के डोर में
लाज लागल त साँचो वफ़ा हो गइल

डोर छूटल कलम हाथ से छू गइल
आजु लिखलस कलम ऊ दफा हो गइल

कैद से आज उनका मिलल मौसमी
देखि मौसम सुहानी खफा हो गइल

बाति सारा जगत के पता चल गइल
नाम से तोहरा जब नफा हो गइल

गणेश नाथ तिवारी”विनायक”

Loading...