Sahityapedia
Sign in
Home
Your Posts
QuoteWriter
Account
3 Jul 2021 · 1 min read

जबसे आइल जवानी

जबसे आइल जवानी
◆◆◆◆◆◆◆◆◆◆◆◆◆◆
हँसल खेलल कूदल सगरी छूट गइल रे
जबसे आइल जवानी खुशी रूठ गइल रे

जइसे जइसे देहिया बढ़ल
तइसे तइसे चिंता चढ़ल
आइल अइसन आफ़त हिया टूट गइल रे
जबसे आइल जवानी खुशी रूठ गइल रे

कागज के नइया बिसरे ना
बचपन ये भइया बिसरे ना
आइल बसंत बाकिर गछिया ठूंठ भइल रे
जबसे आइल जवानी खुशी रूठ गइल रे

उड़े चिरई मिले चैना
गीरल चिरई टूटल डैना
आस जियला के नइखे करम फूट गइल रे
जबसे आइल जवानी खुशी रूठ गइल रे

– आकाश महेशपुरी

Loading...