Sahityapedia
Sign in
Home
Your Posts
QuoteWriter
Account
3 Jul 2021 · 2 min read

ये बाबू कायल हो जइबअ...

ये बाबू कायल हो जइबअ…
■■■■■■■■■■■■■
दुनिया चली अइसन चाल
ये बाबू कायल हो जइबअ
सचको बतिया कहबअ
सुन ल घायल हो जइबअ

बाड़े सं रिश्वत खोर
तबे त पोसेले सं चोर
होखे द जवन होता
काहें करेलअ तू शोर
खींचे लागिहें सं खाल-
ये बाबू कायल हो जइबअ
सचको बतिया कहबअ
सुन ल घायल हो जइबअ

केहू लूट लूट के खाला
केहू कुर्सी पर सुस्ताला
खाली लउकत बा घोटाला
बाकिर मुहँ पर रहे ताला
खोलबअ त होई काल-
ये बाबू कायल हो जइबअ
सचको बतिया कहबअ
सुन ल घायल हो जइबअ

काम जवन सरकारी होता
साँचो बस बेगारी होता
बेवस्था जेतना कुल बाटे
येइमें रोज बीमारी होता
मत पूछअ तू येकर हाल-
ये बाबू कायल हो जइबअ
सचको बतिया कहबअ
सुन ल घायल हो जइबअ

विभागन के चोरी देखअ
बढ़ल कमीशनखोरी देखअ
जुटल बा चोरवन में नाता
टूटल ईमान के डोरी देखअ
पसरवलें सन ई जाल-
ये बाबू कायल हो जइबअ
सचको बतिया कहबअ
सुन ल घायल हो जइबअ

कुछे लोगवा के चानी बाटे
लउकत बस परेशानी बाटे
कंगालन के लूटे ले सन
ना शरम ना पानी बाटे
चाँपे सन ई माल-
ये बाबू कायल हो जइबअ
सचको बतिया कहबअ
सुन ल घायल हो जइबअ

सरकारी से काम चली ना
के बाटे जे हाँथ मली ना
बेचे ले सन राशन पानी
येकनी आगे दाल गली ना
करिये बा पूरा दाल-
ये बाबू कायल हो जइबअ
सचको बतिया कहबअ
सुन ल घायल हो जइबअ

अर्जी दी के कुछ ना पइबअ
सुन ल बाबू केतनों धइबअ
कर्मचारिन के कुछ ना होई
केतनो दुख आपन तू गइबअ
अधिकरिए बनिहें ढाल-
ये बाबू कायल हो जइबअ
सचको बतिया कहबअ
सुन ल घायल हो जइबअ

– आकाश महेशपुरी

Loading...