Sahityapedia
Sign in
Home
Your Posts
QuoteWriter
Account
3 Jul 2021 · 1 min read

आइल दिन जाड़ा के

आइल दिन जाड़ा के
○○○○○○○○○○○○○○○
आइल दिन जाड़ा के आइल दिन जाड़ा के
देहिया रहेला कठुआइल आइल दिन जाड़ा के

ठंडी परअ ताटे क के तइयारी
भगिया के मारल का करे दुखियारी
जाड़ का रोकी फाटल लुगरी
लइका बेमार ना साल बा ना गुदरी
डाक्टर कहेला कि भइल निमोनिया
माई के जिया घबराइल- आइल दिन जाड़ा के
आइल दिन… आइल दिन… देहिया… आइल…

बूढ़-पुरनिया के रोग बढ़ल बा
जबसे अगहन मास चढ़ल बा
कुहा सितलहरी परे येतना भारी
रुकल जहाज रुकल रेलगाड़ी
येइमें किसनवा पटवेला खेतवा
धरती के भागि फरिआइल- आइल दिन जाड़ा के
आइल दिन… आइल दिन… देहिया… आइल…

चिरई-चुरुङ्ग के हाड़ लागे काँपे
काँपेला ऊहो जे कउड़ा तापे
पेड़वो के मारे लागल अब पाला
मरि गइलें मँगरू भइल बाटे हाला
सीमावा प तबो डटल बा जवनवा
सुनि सुनि हिया हरसाइल- आइल दिन जाड़ा के
आइल दिन… आइल दिन… देहिया… आइल…

– आकाश महेशपुरी
दिनांक-17/11/2007

Loading...