Sahityapedia
Sign in
Home
Your Posts
QuoteWriter
Account
5 Jul 2021 · 1 min read

ई हवे मिलन तेवहार

ई हवे मिलन तेवहार
■■■■■■■■■■
ई हवे मिलन तेवहार हो
दिल से दिल के मिला लअ

रंग अबीर जमि के लगावअ
बैर भगा के नेह जगावअ
पइबअ ना अइसन सुतार हो-
दिल से दिल के मिला लअ…

होली खेलअ फगुआ गावअ
सबसे बेसी प्यार बढ़ावअ
दुश्मन के कइ लअ इयार हो-
दिल से दिल के मिला लअ…

खुशहाली के भर दी झोली
आइल बाटे झूमत होली
बरसे दअ रँग बेसुमार हो-
दिल से दिल के मिला लअ…

– आकाश महेशपुरी

Loading...