Sahityapedia
Sign in
Home
Your Posts
QuoteWriter
Account
7 Jul 2021 · 1 min read

दिल टूटेला छने छन कई बेर हो

दिल टूटेला छने छन कई बेर हो
■■■■■■■■■■■■■■
दिल टूटेला छने छन कई बेर हो
प्यार में गम मिलेला बड़ी ढेर हो

केहू रोई ना त प्यार में का करी
चैन आवेला ना दिल के एको घरी
जिंदगी में अन्हरिया लेला घेर हो-
प्यार में गम मिलेला बड़ी ढेर हो

उ रूठल बा जबसे खुशी खो गइल
प्यार के धार में जिंदगी खो गइल
राह देखत सनम के भइल देर हो-
प्यार में गम मिलेला बड़ी ढेर हो

हमके हमरे से बाउर बना के गइल
रोग दिल के उ कइसन लगा के गइल
लागे दुनिया में बा खाली अंधेर हो-
प्यार में गम मिलेला बड़ी ढेर हो

– आकाश महेशपुरी

Loading...