Sahityapedia
Sign in
Home
Your Posts
QuoteWriter
Account
9 Jul 2021 · 1 min read

लिट्टी-चोखा

लिट्टी-चोखा
■■■■■
ना भावेला प्यार मुहब्बत, ना सजनी सुधि आवे।
रूप-रंग ना भावे तनिको, ना केहू ललचावे।
कि चटर-पटर मन करे हमरो, आवेला जब सावन।
बरसेला जब रिमझिम रिमझिम, लिट्टी-चोखा भावे।।1।।

साथे बाड़ू बाकिर देखऽ, रात तनिक ना भावे।
लिट्टी-चोखा बिन बारिश के, पात तनिक ना भावे।
प्यार करबि हम शर्त इहे बा, चोखा ले के आवऽ।
भूख लगल बा दिल के कवनो, बात तनिक ना भावे।।2।।

– आकाश महेशपुरी
दिनांक- ०९/०७/२०२१

Loading...