Sahityapedia
Sign in
Home
Your Posts
QuoteWriter
Account
30 Jul 2021 · 1 min read

अँखिया में पानी

तुहरी अँखिया में पानी बुझाते न बा
पीर केतना सहीं हम, सहाते न बा

रोज चूवेले टुटही पलानी नियन
ई जिनिगिया के मड़ई छवाते न बा

उनके अँगुरी के मुनरी चनरमा भइल
हाथ केतनो बढ़ाईं, छुवाते न बा

कानि का उनका कहला में जादू रहल
बाति केतनो भुलाईं, भुलाते न बा

एक्को बड़की मछरिया न मीलल भले
घोलि एतना हिंडाइल, थिराते न बा

भागि हमरो बिधाता बनवले हवें
राहि केतनो चलीं हम, ओराते न बा

का कइल जाँ ‘असीम’ आस के नाइ में
छेद अइसन भइल की मुनाते न बा

© शैलेन्द्र ‘असीम’

Loading...