Sahityapedia
Sign in
Home
Your Posts
QuoteWriter
Account
22 Dec 2021 · 1 min read

पछतइबू तू

देख लीहअ अपना ये करनी पर
सगरी उमिर पछतईबू तू
सुनके सखियन से चर्चा हमार
हाथ मलके रह जईबू तू
( 1)
हम प्यार के पागलपन में
अपना खून से लिखनी जेके
आज कड़वा लगेला तहके जवन
उहे गीत दोहरईबू तू
(2)
मन होखे चाहे ना बाकिर
दोसरा के दिखावे खातिर
अपना आंखिया में लोरवा भर के
रात-दिन मुस्कुरईबू तू
(३)
अभीन केतना काम बा करेके
फूर्सत नईखे हमरा मरेके
केतना मिलिहें चंदा हमके
दोसर शेखर ना पईबू तू

#Geetkar
Shekhar Chandra Mitra

Loading...