झटका देवे वाली बिजुरिया
झटका देवे वाली बिजुरिया जीवन पर बिजुरी गिरावत बा।
रात के टाइम घर से बहरा और छत्ते भर दौरावत बा।
बाप मरे दिया के अजोरा बेटा पावर हाउस,
इहे हाल भइल सरकारी मजमा के सहिये त ई कहावत बा।
जुआ नेता भी घरे में बइठल फेसबुक पर ज्ञान बाटत बाटें।
सिर्फ फेसबुकिया पेज पे लिखके अधीक्षण अभियंता के डाटत बाटें।
विरोधी पार्टी के मुद्दा भी मिल गे उनके हालत ई भावत बा।
झटका देवे वाली बिजुरिया जीवन पर बिजुरी गिरावत बा।
– सिद्धार्थ पांडेय