· Reading time: 1 minute

हमार भोजपुरी सबसे मिठ भाषा बा

सैकड़ों भाषा बाडी हमरा देश में
हजारों बोली बोललजाडी इहवा
पर हमरा के त अपना माटी से
प्यार थोडा ज्यादा बा
हम साचों कहतानी
हमार भोजपुरी सबसे मिठ भाषा बा

एहीमे बाबुजी के आशीर्वाद रहेला
माई के ममता और दुलार एहमे बा
कबो कउनो जवान गोरी लेखा सूनर त
कबो कोरा कागज लेखा सादा बा
हम साचों कहतानी
हमार भोजपुरी सबसे मिठ भाषा बा

कबो इ फगुआ और होली के लोकगीत होली
कबो उ भजन जउना मे बसल कान्हा राधा बा
कबो ई जीजा साली, देवर भाभी के नोकझोंक ह
त कबो मरते दम तक साथ निभावे वाला वादा बा
म साचों कहतानी
हमार भोजपुरी सबसे मिठ भाषा बा

24 Views
Like
Author
नाम हरिनारायण साहू है और तनहा के तकल्लुस से लिखते हैं | कम्प्यूटर इंजीनियरींग में बैचलर आफ इंजीनियरिंग के छात्र हैं | कविता , गजल , गीत , दोहा ,…

Enjoy all the features of Sahityapedia on the latest Android app.

Install App
You may also like:
Loading...